गईला जहिया से पिया परदेशवा
काटे धावे जाई सुते जब सेजवा -2
रूपवा सलोना तोहार दिल में उतारीला - दिल मे उतारीला
बैठी अंगनईया तरईया निहारी ला
रूपवा सलोना तोहार दिल में उतारीला
बैठी अंगनईया तरईया निहारी ला
करे छेडखानी पिया पूर्वी बयरीया
सर से सरक जाला साड़ी अचरिया -2
लागे ना मनवा तनवा बिरह मे जरीला
बैठी अंगनईया तरईया निहारी ला
रूपवा सलोना तोहार दिल में उतारीला
बैठी अंगनईया तरईया निहारी ला
दिल के करार पिया उड़ल बा चैना
तोहरे के रात दिन खोजेला ला नैना -2
सुनील सुरीला पिया नैना लोर ढ़ारीला - नैना लोर ढ़ारीला
बैठी अंगनईया तरईया निहारी ला
रूपवा सलोना तोहार दिल में उतारीला
बैठी अंगनईया तरईया निहारी ला